You are currently viewing फिल्म राधे के नाया गाना ‘नयन बा नशीला’ रिलीज मे लउकल रवि किशन आ नेहा श्री के रोमांटिक रुप

फिल्म राधे के नाया गाना ‘नयन बा नशीला’ रिलीज मे लउकल रवि किशन आ नेहा श्री के रोमांटिक रुप

बीरगंज, भोआ, ३ आसार,

रिलीज होए के साथ ही ‘नयन बा नशीला’ लोगनके बिच वायरल होगइल बा । गाना के सामने आइलाके बाद अब फैंस फिल्म के रिलिज के बेसबरी से इन्तजार करत बा । फिल्म मे अरविंद अकेला कल्लू आ अवतार गिल जैसन एकटर्स भी जरुरी किरदारमे बा ।

रवि किशन आ नेहा श्री स्टारर मच अवेटेड भोजपुरी फिल्म ‘राधे’ के पहिला गाना रिलीज हो गइल बा । गाना के बोल ‘नयन बा नशीला’ ह आ एकरा एस आरके म्यूजिक अपन आफिशल यूटयूब चैनल पर रिलीज कइले बा ।

रिलीज होइला के साथे ‘नयन बा नशीला’ लोगन के बीच वायरल होगइल बा । गाना मे रवि किशन आ नेहा श्री के रोमांटिक रुप लउकता जेकरा फैंस काफी पसंद करत बा । गाना मे एगो हाथी के झलक भी देखेके मिलत बा ।

सिनेमाघर के खुलते ही रिलीज होइ फिल्म, फिल्म के डायरेक्टर रितेश ठाकुर कहलन । ‘हमनीके फिल्म सलमान खान के ‘राधे’ से पहिला बनल रहे लेकिन कोरोना के चलते सिनेमा घर के बन्द होएके चलते रिलिज ना भइल । अब सिनेमा घर के खुलते साथ मे एकरा रिलीज कइल जाई ।’

फिल्म के इन्तजार करत बा फैंस

गाना के सामने आइला के बाद अब फैंस फिल्म के रिलीज के बेसबरी से इन्तजार करत बारलोग । फिल्म मे रवि किशन आ नेहा श्री के अलावा अरविंद अकेला कल्लू आ अवतार गिल जइसन ऐक्टर्स भी अहम किरदारमे बा ।

स्रोतः नवभारत इंडिया

Leave a Reply