You are currently viewing कोेरोना भाइरस प्रकोप खिलाफ जिला पुलिस, पर्सा के निहोरा

कोेरोना भाइरस प्रकोप खिलाफ जिला पुलिस, पर्सा के निहोरा

विश्वव्यापी फइलरहल प्रकोप के रुपमे कोरोनाके खिलाफ जिला पुलिस दफ्तर, पर्सा के निहोराः

– पुलिस दफ्तरमे ढुके से पहिले गेट मे रहल धारामे साबुन पानी से करिब २० सेकेण्ड तक निमन से हाथ धोई ।

– अनिवार्य रुपसे मास्क के पहनी आ दुसर आदमी के पहने के कहिँ ।

– फोन से होखेवाला काम खातिर फोन से हि बात करीं ।

– खालि पिडित आइला पर भि उनकर उचित सुनवाहि, छानविन वा कारवाहि होखेके भइला से बेसी आदमीसब के लियावेके भा जावेके कष्ट ना करीं ।

– अनुसन्धान आ काम के खातिर पुलिस अपने से जुडल आदमी सबके सम्पर्क करके बोलावल आदमी हि सम्पर्क करे जाईं ।

– शान्ति सुरक्षा आ अमन चयन बनावे खालित आउर थप पुलिस परिचालन कइलगइल बा ।

– समयम्याद ना बितेके आ बादमे समाधान होखेवाला समस्याके खातिर बाद मे भि सुरक्षित समय मे पुलिस दफ्तरमे आदमी जा सकता । एकरा खातिर आपन स्वास्थके दाव मे राखके घर बाहर निकलके जोखिम मत मोह लि ।

– अपराध आ अपराध से जुडल आदमी सबके जानकारी देवे खातिर आउर पुलिस के सहजोग प्राप्त करे खातिर निचे दिहल गइल नम्बरमे पुलिसके खबर करीं ।

पुलिस सम्पर्क करेके खातिरः

१. पुलिस कन्ट्रोल/पुलिस परिचालन कक्ष के नम्बरः १०० (पैसा ना लागि) आ मो.नं. ९८५५०९०१३६

२. लइका लइकी भुलागइला पर खोज–तलास के खातिरः १०४ (पैसा ना लागि)

३. डिएसपी साहेब गौतम थापाः ९८५५०२८२८७ (पुलिस कन्ट्रोल/पुलिस परिचालन कक्ष के नम्बर ना लागि तब हि)

४. डिएसपी साहेब बिरेन्द्र बहादुर शाहीः ९८५५०२८२८५ (पुलिस कन्ट्रोल/पुलिस परिचालन कक्ष के नम्बर ना लागि तब हि)

५. प्रमुख (एसपी साहेब) जिला पुलिस दफ्तर, पर्साः ९८५५०७५५५५(पुलिस कन्ट्रोल÷पुलिस परिचालन कक्ष के नम्बर भा आउर नम्बर ना लागि तब हि)

निहोराकर्ताः
जिला पुलिस के दफ्तर, पर्सा
फोन नं. १०० भा ९८५५०९०१३६

Leave a Reply