You are currently viewing जदि इ ७ गो गलति अपने करेम त घर मे कभि ना होइ लक्ष्मी के आगमन

जदि इ ७ गो गलति अपने करेम त घर मे कभि ना होइ लक्ष्मी के आगमन

आर्थिक समस्या हर केहु के जीनगी मे होखेला आ ई समस्या के दुर करे खातिर खुब मेहनत करेला लोग बाकिर कवनो फल ना मिलेला । तरह–तरह के उपाय अपनावेला लोग बाकिर उलोगन के आर्थिक समस्या दुर ना होखे सकेला । जदि अपने भि आर्थिक समस्या से जुझ रहल बानि त जरुरी बा अपने के आपन कुछ आदत मे सुधार लियावे खतिरा । काहेकी अपने कुछ अइसन गलति जरुर करत होखेम जे से माता लक्ष्मी अपने से खिसियाइल बाडि । त आइं जानल जाव कइसन गलति के नइखे करेके …

१. जवन घर मे पूजा के दीयरी (दीप) फूंक मारके बुझावल जाला उहवा लक्ष्मी जी ना रहेनी ।

२. जदि अपने टुटल ककइ (कंघी) से आपन केश सोटेनी त इ धन के रास्ता मे अपशकुन मानल जाला ।

३. रात मे बिना गोड धोअले सुतेनि भा भिजल गोड सुते के आदत बा तब भि ई धन के खातिर निमन शगुन ना हवे ।

४. जदि अपने रात के जुठ बरतन के घर मे राखेनिं आ ओकरा के सबेरे साफ करेनी त इ आदत के बदल दिं । अइसन कइला से घर मे लक्ष्मी ना रुके निं ।

५. जदि अपने के आपन हाथ के नव दाते काटेके आदत बा त इ हो बात धन के आतिर निमन ना लागे । अइसन आदत से अपने के देह हरदम जुठ रहेला जेकरा चलते लक्ष्मी जी खिसियाइल रहेनी ।

६. जवन घर मे सूर्यास्त के बाद झाडु लगावल जाला उहवा भि लक्ष्मी रहल पसंद ना करेनि ।

७. शास्त्र मे बतावल गइल बा कि जवन घर मे पितृपक्ष मे पितर के श्राद्ध ना करल जाला उहवा लक्ष्मी माता बभि भि ना रुकेनि ।