You are currently viewing १ दिन मे २ मिलियन के पार पहुचल पवन सिंह के नवरात्रि के गाना

१ दिन मे २ मिलियन के पार पहुचल पवन सिंह के नवरात्रि के गाना

भोआ, १२ असोज,

भोजपुरी सिनेमा के पापुलर एक्टर पवन सिंह अभिन अपन एक से बडका एक गाना रिलीज करत बाडन । आ उनकर हरेक गाना रिलीज होते हि इंटरनेट पर छा जात बा ।

फैंस के ओर से पवन सिंह के गाना आ वीडियो के काफी पसंद करल जाता । अभिन फिलहाल नवरात्रि के मोका पर पवन सिंह के गाना ‘माई मोरी अंगना मे अईली’ रिलीज भइल बा । आ ईह गाना रिलीज होते हि छा गईल बा । ईह गाना मे पवन सिंह के साथे नीलम गिरी नजर आवत बाडी ।

भोजपुरी गाना माई मोरी अंगना मे अईली के विडियो के बेस्ट वन म्यूजिक के यूट्यूब चैनल के ओर से जारी करल बा । आ ईह गाना मे पवन सिंह आ नीलम गिरी देवी मां के पुजा अर्चना करत बाडनलोग । गाना से लेके एकर बोल तक बहुत निमन बा ।

Leave a Reply