You are currently viewing बन्दुक आ चारगो गोली सहिते ३ जाना धराइल

बन्दुक आ चारगो गोली सहिते ३ जाना धराइल

भोआ, ७ पुस,

गैडाकोट मे चोरी आ लुट के मामला बढते गइल बा । रिवल्भर देखाके सिक्रि लुटत बेरीमे एकजाना धराइल बा ।

मोटरसाइकल पर आके एगो छवारीके रिवल्भर देखाके सिक्रि लुटत बेरीआमे उहाके रहेबाला लोगसब मोटरसाइकल सहिते पकरके पुलीस के हवाले कइलक  ।

पुलीस के हवाले कइला के बाद इलाका पुलीस गैडाकोटके पुलीस निरीक्षक लक्ष्मी पाण्डे के कमाण्डमे खटल पुलीस झुण्ड खोजतालास कइला पर उहे मामला मे मिलल दु जाना आउर धराइल । उलोगके खोज तालास कइलापर रिवल्भर आ चार गो राउण्ड गोली मीलल ।

रिवल्भर आ गोली सहिते पुलीस काबुमे करके मुलुक अपराध संहिता २०७४ के मुताबीक हतीआर आ खरखजाना के कसुरमे परिष्छेद २० के चोरी आ डाँका के कसुरमे अनुसन्धान करत बा ।

Leave a Reply