You are currently viewing खेसारी लाल यादव के खिलाफ दिल्ली हाईकोर्ट के फैसला, २ साल तक एगो कम्पनी के खातिर गइहे गाना

खेसारी लाल यादव के खिलाफ दिल्ली हाईकोर्ट के फैसला, २ साल तक एगो कम्पनी के खातिर गइहे गाना

भोआ, २४ भादो,

खेसारी लाल यादव के अब ना चाहके भि ‘ग्लोबल म्यूजिक जंक्शन’ कम्पनी के खातिर २ साल तक गइहे गाना । दिल्ली हाईकोर्ट एगो मामला मे खेसारी लाल यादव के खिलाफ फैसला सुनावत कहले बा कि सिंगर दु साल तक ‘ग्लोबल म्यूजिक जंक्शन’ के अलावा कोनो आउर कम्पनी के खातिर गाना ना गइहे । खेसारी पर दु साल तक दोसर कम्पनी के गित गाए पर बैन बा ।

दिल्ली हाईकोर्ट के एगो ताजा फैसला से खुला होगइल बा कि खेसारी लाल यादव ३० सितम्बर २०२५ तक ‘ग्लोबल म्यूजिक जंक्शन’ कम्पनी के खातिर गाना गाए पइहे । दिल्ली हाईकोर्ट के ई फैसला के बुनियाद उह कान्ट्रैक्ट ह जवन २७ मई २०२१ के खेसारी लाल यादव आ ग्लोबल म्यूजिक जंक्शन के बिचमे भइल रहे ।