You are currently viewing फेसबुक से अनलाइन के नामपर पैसा ठगेबाला धराइल

फेसबुक से अनलाइन के नामपर पैसा ठगेबाला धराइल

भोआ, १४ पुस,

समाजिक संजाल फेसबुक मे पेज बानाके अनलाइन ‘DSLR Camera’ के बिक्रि करेके नाममे लोगके पैसा ठगेबाला आदमी धराइल खबर बा ।

अनेकन आदमीसब के नागरिकता के कपी जमा करके ओकर गलत इस्तमाल करके नकली फेसबुक पेज बनाके अनलाईन मार्फत डिएसएलआर क्यामरा के खरिद विक्री करे खातिर लुभावन विज्ञापन राखलाके साथे ग्राहक सबला फोन नम्बर ९७४५५४१४५६ रखके Canon 80 मोडलके क्यामरा के दाम ७८००० हजार रहल  कहके ५०% पैसा आगाडीए एडभान्स लेके ग्राहकके सामान डेलीभरी नाकरके सम्पर्क मे नाआएबाला रमेश थारु नाम के एगो आदमी धराइल बाडन ।

जिला बर्दिया बारबर्दिया नगरपालीका वाड नम्बर १० मे रहेबाला २३ बरीसके रमेश थारु इलाका पुलीस दफ्तर कोहलपुर, बाँके साथ तालमेल मिला के १२ गते के दिने बाँके के कोहलपुर से धरके महानगरीय अपराध महाशाखामे लीआके ठग सम्बन्ध कसुरमे कारवाही के खातीर १३ गते महानगरीय पुलीस परिसर, टेकु, कठमान्डु पठइले बा ।

Leave a Reply