You are currently viewing होली मिलन कार्जक्रम खातिर कानू युवा समाज नेपाल के बइठकी भइल

होली मिलन कार्जक्रम खातिर कानू युवा समाज नेपाल के बइठकी भइल

बीरगञ्ज, ३० फागुन,

कानू युवा समाज नेपाल के तदर्थ समिति के अगुवाइ मे बीरगञ्ज मे एगो वृहत होली मिलन कार्जक्रम होखे जा रहल बा । समाज के निहोरा मे बइठल अगुवा सबके एगो समूह इ कार्जक्रम करेके निर्णय कइले बा ।

बीरगञ्ज के आदर्शनगर स्थित नगरसभा गृह (टाउनहल)मे चइत के २ गते बुध के दिने होली मिलन कार्जक्रम करे खातिर निर्णय भइल बा ।

बहुते श्रद्धा से मनावेवाला होली जइसन पवित्र पवनी तराई मे हार्षोल्लाह से पुरनका दुश्मनी हटाके नाया भाइचारा के स्थापित करेखातिर प्रसिद्ध बा ।

कानू युवा समाज नेपाल तदर्थ समिती के अध्यक्ष श्रवण प्रसाद साह के सभापतित्व मे भइल बइठक मे अनेकन पेशा मे लागल कानू जातके राजनीतिकर्मी, बुद्धिजीवी, उद्योगी, पत्रकार, समाजसेवी, शिक्षक, आ कानू समाज नेपाल के पुरनका अगुवा लोगनके विशेष उपस्थिति रहुवे ।

फोटो: दिपेन्द्र प्रसाद कानू

Leave a Reply