You are currently viewing काजल राघवानी आ यश कुमार के फिल्मके पहिला लुक भइल रिलीज

काजल राघवानी आ यश कुमार के फिल्मके पहिला लुक भइल रिलीज

भोआ, १३ अगहन,

भोजपुरी फिल्म ‘दंडनायक’ के पोस्टर लुक रिलीज होगइल बा । फिल्म मे यश के साथे काजल राघवानी बाडी । फिल्म के ट्रेलर भी जलदीहे आएबाला बा ।

यश कुमार सोशल मीडिया पर अपन आएबाला फिल्म ‘दंडनायक’ के पहिला पोस्टर रिलीज कइले बाडन । पोस्टर रिलीज कइला के साथे लीखले बाडन ‘ई फिल्म से जुडल सब टेक्नीसियन आ एक्टर सबके धन्यबाद जवन एतना आछा फिल्म बानाएमे योगदान दिहले बा लोग । इ अभीन तक के हमर सबसे निमन फिल्म ह ।’

फिल्म के सुटिंग इहे साल ८ जुलाइ से सुरु होगइल रहे । अब फिल्म के पहिला फोटो अइला पर खुब सेयर कइल जाता फिल्म के कहानी के संगे गाना भी जनताके आपन ओरी आकर्षित करेला । फिल्म के ट्रेलर बहुत जल्दी आएबाला बा। यश कहलन कि इ फिल्म भोजपुरी के दर्शक के खातिर नाया सालके तोहफा होई ।

फिल्म के हिरोइन काजल राघवानी के कहनाम बा कि यश के एक्टींग के साथे फिल्म के कान्सेप्ट भी बहुत निमन बा । भोजपुरी प्रेमी के इ फिल्म एक बार जरुर देखेके चाहिँ ।

Leave a Reply