रजनीकांत के फिलिम ‘जेलर’ पिछला दिने सिनेमाघरन में रिलीज भइल बा । एह फिलिम के साथे ‘रजनीकांत’ २ साल बाद बड़का परदा पर लवटल बाड़े । ट्रेलर रिलीज भइला का बाद से दर्शक एह फुल एक्शन पैक्ड फिलिम से काफी उत्साहित बाड़े । रजनीकांत के पोस्टर पर लोग दूध-माला चढ़वले अवुरी आरती भी कईले ।
दक्षिण में ई फिलिम सुचारू रूप से चलत बा आ पहिला दिने 44.50 करोड़ के बम्पर कलेक्शन बनवले बा जबकि एह फिलिम के हिंदी में रिलीज होखे पर परेशानी के सामना करे के पड़त बा ।
एतने ना एक-दु हफ्ता बाद उ लोग अपना सिनेमाघर में फिल्म के प्रदर्शन बंद क दिहे बालुक निर्माता के ओटीटी पर रिलीज ना करे दिहे, एहसे अंत में इ निर्माता के नुकसान बा ।’ उ आगे कहले कि, ‘ओटीटी पर रिलीज होखे से पहिले सिनेमाघर में करीब चार सप्ताह के खंड होखे के चाही, काहेंकी अयीसन बा कि फिल्म बहुत दिन ले सिनेमाघर में ना रहेले ।’ हालांकि जयसिंह कहले कि आठ सप्ताह के होल्डओवर क्लाज सिर्फ हिंदी संस्करण पर लागू बा । एही से राष्ट्रीय श्रृंखला एह फिलिम के तेलुगु आ तमिल संस्करण के प्रदर्शन कइले बा ।