रणवीर सिंह के फैंस के इंतजार कुछ हद तक खतम होगइल बा । रणवीर सिंह के फिल्म ‘८३’ के ट्रेलर रिलीज होगइल बा । आजु मेकर्स इ फिल्म के ट्रेलर फैंस के बीचमे शेयर करदेले बा । इ फिल्म मे रणवीर क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान कपिल देव के भूमिका निभइले बाडन । आ दिपिका पादुकोण कपिल देव के पत्नी के भेसमे नजर अइहन ।
इ फिल्म के ट्रेलर बहुत निमन बा । जेमे रणवीर सिंह हूबहू कपिल देव के जइसन लागत बाडन । जोन साल १९८३ मे क्रिकेट के विश्व कप के खातिर खेलत नजर आवत बाडन । रणवीर सिंह के इ फिल्म के ट्रेलर ३ मिनेट ४७ सेकेंड के बा । जवना मे वर्ल्ड कप आ देशभक्ति के काहानी बा ।
इ फिल्म मे साफ देखावल बा कि भारतके खेलाडी विदेश के धरती पर अपन देशके सिर उचा करेखातीर कडा मेहनत करेला । आ जितला के बाद देशभरमे दिवाली मनावल जाएला । रणवीर सिंह कपिल देव के किरदार मे बाडन आ पुरा दिलसे आपन किरदार निभइले बाडन । आ दिपिका पादुकोण भि परफेक्ट पत्नी के रोल निभइले बाडी ।
इहे चलते फैंस भी इ ट्रेलर के काफि पसंद करत बा । फैंस इ फिल्म के जल्दी देखे के चाहत बा । इ फिल्म २४ दिसंबर के सिनेमाहल मे रिलीज होई । इ फिल्म के खास बात इ बा की इ फिल्म ३ डी मे रिलीज होई ।