You are currently viewing बिदेश पठादेम कहके पैसा ठगेबाला आदमी ‘थामी’ धराइल

बिदेश पठादेम कहके पैसा ठगेबाला आदमी ‘थामी’ धराइल

भोआ, १२ पुस,

बिदेश जाएके सोचत आदमी के युरोपके फिनल्याण्ड पठादेम कहके पैसा ठगेबाला आदमी धराइल बा ।

बिदेश जाएके सोचत बेरीमे फेसबुकमे बिनोद तामाङके नामसे प्रोफाइलमे फिनल्याण्डमे रोजगारी बा कहके बिनोद के फेसबुक मे Gmail पोस्ट कइलापर उ Gmail मे सेक्युरिटी गार्डके खातिर कागजातसब फोटो पठइलापर Whatsapp से फोन करके उनकरा ‘HR मेनेजर है’ कहके ‘तहर कागजात सब ले लेहले बानी आ फिनल्याण्डके Koti Service Apartments मे सेक्युरिटी गार्डला तइआर रहिअ’ कहलन ।

उनकर जिमेल अकाउन्ट prabinkotihelsinki@gmail.com से ईम्पोल्मेन्ट, जब कन्फर्मेसन लेटर जइसन कागजसब पठाके भरोसा दिलाके फिनल्याण्ड जाएखातिर भिषा प्रोसेसिङके खातिर १ लाख ५० हजार अमित थामी नाम के सिभिल बैंक खातामे खाता नम्बर ०६३१०२६४६६४०१३ मे जमा करके कहलन ।

फिनल्याण्ड जाएखातिर भिषा टिकट, होटल बुकिङके कागज आ हवाइ टिकट के कागज देखाके बार बार करके बैंक खातामे २१ लाख जमा कराके थामी मोबाइल बन्द करके सम्पर्क विहिन भइलर रहलन ।

कागजके लेजाके एयरपोर्टमे जाँच पडताल करइलापर सब कागज नकली निकलल  रहे । इ बात थाह भइलापर उनकरा खाजी करके कानून बमोजिम कारबाहि होखो  कहके शम्भु घले सहित ५ जानाके निवेदन पुलिस माहाशाखा मे परल बा ।

उहे निवेदन के आधारमे काठमाडौं के चावहिल मे रहेवाला २९ बरिस के अमित थामी के खोजी करत बेरमे महाशाखा से खटल झुन्ड काठमान्डु माहानगरपालीका वाड नम्बर ७ गौरीघाट मे धर दबोचे काठमाडौं, परिसर  मे भेजे मे सफल भइल ।  एकर सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान होता ।

Leave a Reply