You are currently viewing फास्ट एंड फ्यूरियस से अलग भइलन ड्वेन जाँनसन ‘द राक’

फास्ट एंड फ्यूरियस से अलग भइलन ड्वेन जाँनसन ‘द राक’

भोआ, १६ पुस,

हाँलीवुड के जानलमानल अभिनेता ड्वेन जाँनसन ‘द राक’ २०११ मे फास्ट एंड फ्यूरियस मे कदम रखले रहलन । उनकर इ किरदार दर्शक के काफि पसंद आइल रहे । बाकिर अब फास्ट एंड फ्यूरियस से अलग होगइलन ड्वेन जाँनसन ।

काफि समय से खबर आवत रहे कि फास्ट एंड फ्यूरियस के लीडिंग मे विन डिजल आ ड्वेन जाँनसन के वापस आए खातिर काँल्ड वार चलत रहे । इहे बजह से फास्ट एंड फ्यूरियस से ड्वेन जाँनसन हटेके फैसला लेले बाडन ।

द राक फिल्म इंडस्ट्रीके अलावा रेसलींग मे भी काफि नाम कमइले बाडन बाकिर डिजल के साथे भइल विवाद के बाद उ फैसला लेले बाडन कि फास्ट एंड फ्यूरिस के १० वा भागमे ना रहिअन ।

Leave a Reply