You are currently viewing स्कर्पिओ मे गाँजा सहिते दु जाना धराइल

स्कर्पिओ मे गाँजा सहिते दु जाना धराइल

भोआ, ९ पुस,

नासाके चिज गाँजा के लुकाछुपाके प्रयोग बढते गइल बा साथे गाँजा जइस नासाके चिजके बलेक भि बढल बा । फेर एकजाना ३० किलो ५०० ग्राम नासाके चिज गाँजा सहिते धराइल बा ।

जिला धनुषा नगराईन नगरपालीका वाड नम्बर २ के रहनियार ३४ बरीस के सुबोध मण्डल आ उहे गाडीमे बइठल जिला पर्सा पटेरवा सुगौली गाउँपालीका वाड नम्बर ३ मे रहेबाला ३९ बरिसके मुकेश राउत थारु धराइल बाडन ।

आजु भोरमे ७ बजके ३० मिनेट के समयमे मकवानपुर हेटौडा उप महानगरपालीका वाड नम्बर १५ रातोमाटे के चेकपोस्ट लगे पुरुब पश्चिम रोडमे चेकजाच करेके बेरीमे हेटौडा ओरीआ से बिरगंज ओरी आवत NL 01C3654 नम्बर के इन्डियन स्कार्पिओ रोकके चेक कइलापर गाडिके पिछारीके सिटके निचा लुकाके ३ गो गाँजा के पोका बनाके रखल रहे । उ गाँजा ३० किलो ५०० ग्राम रहे ।

मकवानपुर पुलीस गाँजा सहिते काबुमे करके आउर अनुसन्धान करता ।

Leave a Reply