अमेरिका के डाक्टर के कहनाम बा कि जानवर के दिल तत्काल खाराब लक्षण देखइले बिना आदमीके शरीर मे काम कर सकता । मरिज के जीवन बचाएके आखरी कोशिश मे अमेरिका के डाक्टर मरीज के दिल के जगहा पर एगो सुअर के दिल लागा दिहलख ।
यी प्रयोग चिकित्सा जगत मे पहिला बार भइल बा । सोमार के बताइल गइल कि ई अपरेशन के तिन दिन बाद भि मरीज के तबियत ठिक बा । बाकिर अपरेशन के सफलता के बारेमे अभिन कुछो ना कहल जासकता ।
यूनिवर्सिटी आँफ मैरीलैंड मेडिकल सेंटर के मरीज डेविड के था रहे कि ई प्रयोग सफल होएके कोनो गारंटि नइखे । बाकिर कावनो दुसर विकल्प ना रहे । मेडिकल सेंटर के पुछताछ के अनुसार अपरेशन से एक दिन पहिले मरीज कहलन कि हम जिएके चाहत बानी । हम जानत बानी कि ई अनहरीया मे तिर चलाएके बाराबर बा, बाकिर हमरा पास इहे अन्तीम विकल्प बा ।
मैरीलैंड युनीवर्सिटी के डाक्टर मोहम्मद मोहिउदिन कहलन, अगर इ अपरेशन सफल होजाइ त, पिडित मरीज के खातिर ई अंग के अंतहिन आपर्ति होई ।