कुछ लोगन के नाम मे गलत आइडी बनाके गलत खबर लीख के फेसबुक मे पोष्ट करके आ ओहमे गलत कमेन्ट करत आईल जइसन समस्या वीरगंज लगायत देस भर बढत गईल देखल जा सकत बा । अइसने समस्या वीरगंजमे भी भइला पर वीरगंज महानगरपालीका वाड नम्बर २० से अइसन काम ना करेके सुचना जारी करल गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालीका वाड नम्बर २० के कुछ रहनीयार लोगन के नाम पर फेक आइडी फेसबुक मे बनाके गलत बात लीखके पोष्ट करत नजर आइल बा । आउर पोष्ट पर अनेक गलत कमेन्ट कइला पर अइसन ना करेके सावधानी आ सचेत करावल बा । आ कवनो भी फेक आइडी बनइले बा भा गलत कमेन्ट कइले बा त डिलेट करेके निहोरा बा ।
कउनो भी सार्वजनिक लोगन भा संस्थाके बारेमे सबुत सहित भा सबुत बिना कुछो लीखत बा त उ लिखल के जबाफ लिखे बाला आदमी के हि देबे के परी एहिसे दोसरके पोष्ट पर गलत कमेन्ट ना करेके वीरगंज महानगरपालीका वाड नम्बर २० के वडा अध्यक्ष रामकिशोर सिंह से निहोरा कइल गइल बा ।