You are currently viewing पर्सा से ४० किलो गाजा संगे २ जने धराइल

पर्सा से ४० किलो गाजा संगे २ जने धराइल

भोआ, १५ वीरगंज,

पर्सा पुलिस आजु तेजी देखइले बा । पर्सा पुलिस ४० किलो गाजा के साथे २ जने के पकरले बा । पकराइल मे मकवानपुर जिला रक्सीराङ गाउँपालिका वडा नम्बर ५ मे रहेबाला ३९ बरिस के बिरबहादुर प्रजा आ उहे ठाउँ मे रहेबाला १९ बरिस के सोनालाल प्रजा बा ।

मकवानपुरके मनहरी लोथर होते पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्जके जंगल के रोड होके निसा के दवाइ गाजा तस्करी होत खबर के आधारमे सोमार के रातके ११ बजेके समयमे इलाका पुलीस दफ्तर पटेर्वा सुगौलीके पुलीस निरीक्षक रामकाजी थापा के कमाण्डमे गइल गस्ती टोली पटेर्वा सुगौली गाउँपालिका वडा नम्बर २ गादी मे रहल अस्पताल लगेसे ४० अबैध लागु औषध गाजा सहिते दुजाना पकराइल बा ।

उलोगके साथमे तीन गो मोटरि मे रहल ४० किलो गाजा पुलिस पकरले बा पुलिस बतइलक । गाजा सहिते धराइल ओकनीके जरुरी कारवाहीके खातिर जिला पुलिस दफ्तर पर्सामे पठावल बा पुलिस निरिक्षक थापा जानकारी देहलन ।

Leave a Reply