You are currently viewing का पवन सिंह के दुसरका पत्नी से भी होइ तलाक ? आजु बा कार्ट मे सुनवाई

का पवन सिंह के दुसरका पत्नी से भी होइ तलाक ? आजु बा कार्ट मे सुनवाई

भोआ, १२ जेठ,

भोजपुरी सुपरस्टार खेसारी लाल यादव से मतभेद के बाद पवन सिंह अपन पर्सनल लाइफ मे फसल बाडन । पवन सिंह अपन दुसरका पत्नी ज्योति सिंह से अलग होएके फैसला कइले बाडन । आ एकरे चलते उनकरा आरा परीवार कोर्ट मे तलाक के अर्जी दर्ज करेके परल बा । आजु इ मामला के कार्ट मे सुनवाइ होयी । फिलहाल दुनु पति पत्नी कोर्ट मे पहुच गइल बा ।

एकरा से पहिले इ मामला के सुनवाइ २८ अप्रिल के होए बाला रहे बाकिर अभिनेता के उपस्थीति नारहला के चलते २६ मइ तक इ मामला के सुनवाइ रोक देहल रहे । कोर्ट के आदेस के बाद आजु पवन सिंह कोर्ट पहुचल बाडन ।

 पवन सिंहके भोजपुरी स्टार होला के चलते कोर्ट के बाहर इनका देखेला लोगनके भिड जमा होगइल रहे ।

Leave a Reply