You are currently viewing आमिर खान के ‘लापता लेडीज़’ के धांसू टीज़र भइल रिलीज

आमिर खान के ‘लापता लेडीज़’ के धांसू टीज़र भइल रिलीज

भोआ, २४ भादो,

आमिर खान आ किरण राव के फिल्म ‘लापता लेडीज’ के टीजर आखिरकार रिलीज हो गइल बा । फिल्म में दू गो नवही भुलाइल दुलहिन के खोज में जवन अराजकता बा ओकर झलक मिलत बा ।

हालही में मेकर लोग किरण राव के निर्देशन में बनल एह फिलिम के रिलीज डेट के एलान एगो रोचक पोस्टर के साथे कइले रहुवे जवन कि 5 जनवरी 2024 के बा । अब ओह उत्साह के बढ़ावे खातिर फिल्म के टीजर रिलीज एकदम सही उपहार के रूप में आइल बा । ई फिलिम भी खास हो जाला काहे कि आमिर खान आ किरण राव एकरा साथे फेर से एक साथ आ गइल बाड़े । ‘धोबी घाट’ के बाद निर्देशक के रूप में किरण के अगिला पेशकश भी बा ।

एह फिल्म के टीजर बहुते मनोरंजक लागत बा । लापता लेडीज में दू गो लापता दुलहिन के खोज के इर्द गिर्द आधारित एगो मस्ती भरल कहानी के चित्रण बा, जवन हर फ्रेम में हास्य लेके आइल बा । फिल्म के कहानी नितांशी गोयल, प्रतिभा रांटा, स्पर्श श्रीवास्तव, छाया कदम आ रवि किशन के कलाकारन से बढ़िया से सजावल गइल बा । कहल जा सकेला कि किरण राव एगो निर्देशक के रूप में एगो अउरी रोचक कहानी दर्शकन के सोझा पेश करे खातिर तइयार बाड़न ।

Leave a Reply