दिन दुगुना नासा प्रयोग के चिज समाज मे बढते गइल बा । फेर नासा के चिज ट्याब्लेट सहिते ६ जना धराइल बा ।
एतवार के ७ बजे मिलल खबर के मुताबिक पशुपतिनगर पुलिस दफ्तर मकवानपुर से खटल पुलीस झुण्ड जिला सुनसरी घर भइल फिलहाल जिला मकवानपुर हेटौडा उप महानगरपालीका वाड नम्बर ९ मास्टर चौक के रहेबाला बिशाल बि.क., २० बरिस उमिर भइल राज खत्री, २३ बरिस उमिर भइल रोमन थापा मगर, २१ बरिस उमिर भइल निरन राई, २२ बरिस उमिर भइल प्रजेन महर्जन आ हेटौडा वाड नम्बर १० मे रहेबाला १८ बरिस के सुमित कुमार बनियाँ के धइले बा ।
मकवानपुर जिला हेटौडा उप महानगरपालीका वाड नम्बर ९ मे रहल मास्टर चौक लगे शंकर के.सी. के घरमे डेरा पर रहेबाला २५ बरिस उमिर भइल बिशाल बि.क. के घरमे खोजतालास कइलापर ९७ गो Nitrazepam ट्याब्लेट, १४८ गो क्यापसुल Nemadol, १६ गो Stagan ट्याब्लेट, १२ गो Ciona2, आ १६ ग्राम नासाके चिज गाजाँ मिलला पर नासाके चिज सहिते मकवानपुर पुलीस झुण्ड काबुमे करके आउर अनुसन्धान करत बा ।