You are currently viewing मोनालीसा के बाद भोजपुरी एक्ट्रेस पाखी हेगडे मरली टिवी के दुनीया मे एंट्री

मोनालीसा के बाद भोजपुरी एक्ट्रेस पाखी हेगडे मरली टिवी के दुनीया मे एंट्री

भोआ, ६ सावन,

भोजपुरी सिनेमा के खूबसूरत एक्ट्रेस पाखी हेगडे बीतल कुछ साल से लोगन के दिल जीतत बाडी । उ आपन फैंस के खुद से जोडके रखेके हुनर बखूबी जानेली । पाखी हेगडे अब भोजपुरी इंडस्ट्री के हसीना टिवी इंडस्ट्री मे आवत बाडी । अब पाखी मोनालिसा के राह पर बाडी आ बहुत जलदी उ स्टार प्लस के शो ‘उडती का नाम रज्जो’ मे देखाई दिहन ।

भोजपुरी पर्दा के सुपर स्टार रवि किशन, निरहुआ, खेसारीलाल जैसन भोजपुरी इंडस्ट्री के बडका कलकार के साथे आपन आदाकारी के जलवा देखइला के बाद अब पाखी जलदीहे टिवी पर धमाल मचावत नजर अइहे । उडती का नाम रज्जो मे पाखी के किरदार का होई एकरा के लेके कयास लगावल जात बा ।

यी टिवी शो एगो युवा लडकी रज्जो के कहानी ह । जवन एगो एथलीट बनेके चाहेली आ एक्टर उनकरा सपना के पूरा करेला प्ररित करी । स्टार प्लस पर यी शो ८ अगस्त के आएबाला बा ।

Leave a Reply