You are currently viewing फेसबुक ह्याक करके पैसा ठगेवाला धराइल

फेसबुक ह्याक करके पैसा ठगेवाला धराइल

भोआ, २० पुस,

आदमीसबके फेसबुक आईडि ह्याक करके उ आईडि के गलत प्रयोग करेबाला धराइल बा ।

सर्वसाधारण से बडका पदतक के आदमीके फेसबुक आइडि ह्याक करके ओकर गलत प्रयोग करके आइडि मे भइल साथी से नकली आदमी बनके जरुरी समस्या परल बा कहके अनलाइन पैसा ठगेके आरोप मे एक जाना धराइल बा ।

मोरङ जिला पथरी शनिश्चरे नगरपालीका वाड नम्बर १० के रहनियार फिलहाल भक्तपुर गठ्ठाघर मे रहेबाला १८ बरीस उमर भइल किरण पाठक के सोमारके महानगरीय अपराध महाशाखा धइले बा ।

किरण के ठगी से जुडल कसुरमे जरुरी कारवाही के खातिर महानगरीय पुलीस परीसर टेकु काठमान्डु पठाइले बा ।

Leave a Reply