नेपाल मे तिसरिका स्थान पर जियादा बोलेवाला भोजपुरी भाषा, भोजपुरी सामाज, साहित्य आ लोक परम्पराके बरीआर आउर सम्बृद्ध बनावे खातिर दिहल योगदानके खातिर सार्थक आ सफल भूमिकाके कदर करते भोजपुरी प्रतिष्ठान, बीरगंज से गहवा निवासी नागेन्द्रप्रसाद कानूके एगो कार्जक्रम के बीच सम्मान कइले बा ।
नगर प्रमुख आ भोजपुरी प्रतिष्ठानके संरक्षक विजय कुमार सरावगी कानू के कातिक १२ गते शुक के दिने प्रतिष्ठानके अध्यक्ष उमाशंकर द्विवेदीके सभापतित्वमे आयोजित भोजपुरी प्रतिष्ठानके पहिला सभाके अवसरमे बीरगंज मे रहल नगरसभा गृहमे सम्मान कइले बाडन ।
विसं. २०२८ साल से हि भोजपुरी भाषा तथा साहित्यके विकास के खातिर समय–समयमे अनेकन कार्जक्रम करते बहुत साहित्यकार के नेपालभर मे चिनइले रहलन तथा नेपाल भोजपुरी साहित्य कला परिषद्के अध्यक्षके रुपमे लमहर समय से संघर्ष आ योगदान देते आइल ७६ बरिस के कानू असंतुष्ट देखल रहनी बाकि लेट भइलापर भी आपन जीवनकाल मे हि आपन करल योगदानके कदर करलमे प्रतिष्ठानके धन्यवाद दिहले बानि ।
उ कार्जक्रममे नाटककार रामचन्द्र चतुर्वेदी, निवन्धकार रामचन्द्र वर्णवाल, कवि आ कथाकार माधवप्रसाद गौतम लगायतके आदमीसबके भी सम्मानित कइल रहे ।
बीरगंज महानगरपालिकाके उप–मेयर शान्ती कार्की, पर्साके प्रमुख जिला अधिकारी उमेश कुमार ढकाल, गोपाल ठाकुर, प्रतिष्ठानके सल्लाहकार गोपाल अस्क, दिनेश गुप्ता, पत्रकार चन्द्रकिशोर झा, भारतके रक्सौलके साहित्यकार हरेन्द्र हिमकर, आनन्द गुप्ता लगायतके सहभागिता रहे ।