डाक्टर के कहनाम बा कि बहुत लोगन के सुई ना लगइला से आ सावधानी ना अपनइला से संक्रमण आ जान गइल के संख्या मे बढावा देखे के मिलत बा ।
रुस मे कोरोना के ३५,६८१ गो नाया केस सामने आइल बा । आ १,२४१ गो मरीज के जान गइल । देस मे संक्रमण के मामला मे कमी बा बाकीर सोमार के भी जान गइल के संख्या रिकार्ड के आसपास रहे । देस मे रहल कोरोना भाइरस कार्यबल १,२४१ गो मरीज के मुअल दर्ज करइलन । जवन की पहिलका हाप्ता १,२५४ गो मरीज के मौत से कम बा । उहे ३५,६८१ गो नाया केस सामने आइल बा । नवंबर के सुरुसे हि केस मे कमि आवत बा । जब रोजके केस ४१,००० गो तक पुग गइल रहे, जवन कि माहामारी के खतम भइला के बादके सबसे जादा के संख्या रहे ।
रुस के ४० प्रतिशत से कम जनता के सुई के दुनु डोज मिलल बा । उहो तब जवन बेरिआ देस घरके बनल स्पूतनिक सुइ के दुनिया के ज्यादातर देस के तुलना मे पहिला मंजुरी दिहले रहूवे ।
रुस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन कहलन कि उ स्पूतनिक लाइट के एगो बूस्टर खुराक लेले बाडन । ए से पहिले उ वसंत मौसम मे एगो खुराख वाला स्पूतनिक टिका लेले बाडन । उ कहलन कि उ एकदम ठिक बारन आ बूस्टर के कोनो खराब असर उनकरा पर नइखे लउकत । रुस मे जवन जनता संक्रमित नाहोएके सबुत देत बा उहे लोगके सार्वजनिक जगह मे घुमेफीरे के इजाजत दिहल जाता ।