You are currently viewing वीरगंज से भुलाइल दुगो लइका पटना मे मिलल

वीरगंज से भुलाइल दुगो लइका पटना मे मिलल

भोआ, वीरगंंज, २६ पुस,

वीरगंजके दुगो लइका सनिचर के भोरेसे भुलइला के बाद एतवार के भारतके पटना से मिलल खबर आइल बा ।

वीरगंज महानगरपालीका–बिर्ता के रहनियार बस व्यवसायी जगरनाथ कलवारके १२ वर्षके बेटा शिवेश गुप्ता आ दिपेश शर्माके १२ वर्षके बेटा प्रनिश शर्मा सनिचरके भोरे ११ बजे से सम्पर्कविहिन भइर रहे । दुनु केहु घर लगे ट्युशन पढे गइल रहे आ ओकरा बाद जियादा समय तक घरे नाआइला पर चिन्तित गार्जियन पुलीस मे खबर करत खोजेके निहोरा कइलख ।

एतवारके दुपहर के २ बजे उलोग भारत, बीहार राज्य के पटनामे मीलल जानकारी परीवारके आदमी करइलख । दुनु बच्चा सब कक्षा ७ मे पढेला । ओकनीके लिआवे खातिर परिवारके आदमी पटना गइल बुझल गइल बा ।

दुनु बच्चा बिहार पुलीसके मिलल रहे वडा पुलीस दफतर बिर्ता के पुलिस निरीक्षक राजेस राज पुरी बतइलन । दुनु लइका पटना कइसे पुगल अभीन कुछो ना कहल जासकता राजेस राज पुरी बतइलन ।

Leave a Reply