You are currently viewing नगद ५० लाख रोपेया सहिते पोखरेल धरइली

नगद ५० लाख रोपेया सहिते पोखरेल धरइली

भोआ, १८ पुस,

बिराटनगर से काठमान्डु जात बेरमे विमानस्थल से ५० लाख सहित एकजाना धराइल बाडि ।

काठमान्डु सिनामंगल के रहनीआर मोरङ विराटनगर महानगरपालिका वाड नम्बर ४ मे घर भइल ३३ बरिसके रेशा शाक्य पोखरेल बिराटनगर से स्रोत नाखुलल नगद ५० लाख रुपैया बिराटनगर से काठमान्डु लेजात बेरीआमे खबरके आधारमे त्रिभुवन विमानस्थल सुरक्षा दफ्तर गौचरसे खटल पुलीस खोजतालास कइलापर उनकर बेग से ५० लाख रुपैया मिलल । पैसाके श्रोत नाखुलला से उ धराइल बाडि ।

पोखरेल सौर्य एयरलाइन्स काठमान्डु मे एसिसटेन्टके रुपमे एगो कर्मचारी हई । उनकरा बिराटनगर से काठमान्डु जातबरीमे सौर्य एयरलाइन्सके जहाजमे उहे एयरलाईन्सके बिराटनगर स्टेसन इन्चार्ज प्रकाश पौडेल खोजतालास ना कइलन । बाकिर बेग रखले बाडि कहके मिलल खबर के आधारमे त्रिभुवन विमानस्थल सुरक्षा दफ्तर के गौचरसे खटल पुलीस के खोजतालास कइलापर बिना स्रोतके ५० लाख मिलल ।

मिलल पैसा सहित पोखरेलके जरुरी कारवाहिके खातिर राजस्व अनुसन्धान विभाग हरिहरभवन ललितपुर पठावल गइलबा ।

Leave a Reply