गाँजा जइसन नासाके चिजके खेती आ प्रयोग बढटे गइल बा । फेर पुलीस गाँजा आ अफिम खेती के खतम कइले बा ।
पुस १ गते से ३ गते तकके नासाके चिजके बार्वाद करेके अभियान मे मकवानपुर जिलाके राक्सिराङ गाउँपालीका वाड नम्बर ४ मे रहल रानीवन आ वाड नम्बर ५ मे रहल बाङकिङ, ताङद्राङ आ रानीघाट मे रहल वडा एरियामे २० बिगाहा मे नासाके चिज गाँजा आ ५ बिगाहामे अफिम खेती के बर्वाद कइले बा ।
बागमती प्रदेश दंगा काबुमे करेबाला पुलीस हेटौडा आ जिला पुलीस दफ्तर मकवानपुर के पुलीस निरीक्षक सुमन बनिया के कमाण्ड मे खटल ६० जाना पुलीस झुन्ड इ काम कइले बा ।