You are currently viewing प्रधानमन्त्रीके असंवैधानिक कदम के बिरोध मे वीरगंज मे जुलुस प्रदर्शन

प्रधानमन्त्रीके असंवैधानिक कदम के बिरोध मे वीरगंज मे जुलुस प्रदर्शन

संजय महतो,

भोआ, २० असार,

प्रधानमन्त्री कपी शर्मा ओलीके असंवैधानिक कदम के बिरोध करत संयुक्त विधार्थी संगठन वीरगंजमे मसाल जुलुस सुरु कइले बा ।

नेपाल विद्यार्थी संघ, अनेरास्ववियू ९ गो क्रान्तिकारी, अनेरास्ववियू आ समाजवादी विद्यार्थी संगठनके रुपमे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा आलीके असंवैधानिक कदम चलाइ के बिरोध मे मसाल जुलुस करेके अनेरास्ववियू ९ क्रान्तिकारीके आ केन्द्रिय सदस्य आ प्रदेश नं २ के सह संयोजक प्रभाकर गुप्ता बतइलन ।

बीरगंजके घडीअर्वा मे रहल गीता मन्दिर रोड से सुरु भइल प्रदर्शन घण्टाघर मे आके कोन सभामे बदलल रहे । मसाल जुलुसके प्रदर्शन के समय मे पुलिस अवरोध कइले रहे ।

प्रधानमन्त्री ओलीसे असंवैधानिक तरिकासे करल संसद विघटन विद्यार्थी संगठनके बिचके आन्दोलनके कार्जक्रम भितर आ बीरगंज मे भी मसाल जुलुस प्रदर्शन कइले बा ।

नेवि संघके विकेश पटेल, समाजवादी विद्यार्थी युनियनके एजाबाबु राकी, अनेरास्ववियु ९ क्रान्तिकारी के कविराज पटेल, अनेरा स्ववियुके रन्दिप श्रीवास्तवके नजरमे ओली सरकारके असंवैधानिक गतिविधी विरुद्घके प्रदर्शन कइले रहे ।

मसाल जुलुसके सहभागिसब केपी ओली मुर्दाबाद, प्रतिगमन मुर्दाबाद, महंगी, घुसखोर आ सरकारके विरोध भइल  क्रियाकलाप मुर्दाबाद आउर चारु ओर से नारा भी लगावत रहे लोग ।

स्रोतः न्यूज २४

Leave a Reply