You are currently viewing एके बेरीमे दुगो जगहापर पढइलापर मास्टर पर होई कारवाही

एके बेरीमे दुगो जगहापर पढइलापर मास्टर पर होई कारवाही

भोआ, १० अगहन,

वीरगंज, पर्सा मे रहल सब स्कुल के मास्टर सबके नसिहत देत शैक्षिक प्रशासन महाशाखा नाया सुचना जारी कइले बा ।

एगो समयमे स्कुलके मास्टर विधार्थी सबके कम पढाके भा रोज कोनो बाहाना करके दोसर ठाउमे काम कर के डबल फाएदा लेबेबाला मास्टर लोगके शैक्षिक प्रशासन महासाखा सचेत करइले बा ।

वीरगंज महानगरपालीका मे रहल स्कुलके मास्टरलोग के नोकरी जाहा बाटे उहे पढावेके सुचना शैक्षिक प्रशासन महाशाखा जारी कइले बाटे । जदी कवनो स्कुलके मास्टर एकेगो बेरीमे दुगो जगहा पर पढावत बा त खबर मिलला पर अइसन मास्टर के कारवाही के सामना करेके पड सकेला ।

शैक्षिक प्रशासन महाशाखा के प्रमुख अरविन्द लाल कर्ण के कहनाम बा कि जवन स्कुल के मास्टर अइसन काम करत मिली ओकरा पर कारवाहि होखे के साथे उ स्कुल के हेडमास्टर पर भि स्पष्टीकरण आउर कारवाहि होकि ।

Leave a Reply