You are currently viewing नारायणी आस्पतालमे आसार १८ गते से ओपिडी सेवा सुरु होइ 

नारायणी आस्पतालमे आसार १८ गते से ओपिडी सेवा सुरु होइ 

भोआ, १६ आसार,

पर्सा जिला के बीरगंज मे अवस्थित नारायणी आस्पताल के आउट डोर पसेंटस माने ओपिडी सेवा इहे शुक से शुरु होखे जारहल बा । खालि पर्सा के ना, बारा, रौतहट, सर्लाही, सप्तरीसे मकवानपुरतक के कोभिड संक्रमितसबके इलाज भइल नारायणी आस्पतालमे ओपिडी (बहिरंग) सेवा सुरु होखे बाला बा ।

आस्पतालके निमित मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ट डा. बिरेन्द्र बहादुर प्रधान से हस्ताक्षरित सूचनामे इ आसार १८ गतेसे स्वास्थ मापदण्डके पालना करते कम भिडभाड के व्यवस्था मिलाके बहिरंग सेवा सुरु होखे बाला बा बतइले बानी ।

बहिरंग सेवाके भितर हरेक विभागमे रोज २०-२० गो मरिजसब के परिक्षण करेके व्यवस्था करलबा निमित मेसु डा. प्रधान बतइलन । डा. प्रधानके मुताविक बहिरंग सेवाके खातिर सबेरे ९ बजे से ११ बजेतक मौका मिली ।

पहिलका चरणके कोरोना भाइरसके महामारीमे भी हटस्पट बनेके वीरगंजके फेनु चलती बनावेला नारायणी आस्पाताल के जरुरी भुमीका निर्वाह कइले बानी ।

नाया भेरियन्टसहितके कोरोना संक्रमण भी आक्रान्त आवस्थासे गुजरत बा वीरगंज संक्रमण संख्याके जीरो मे लीआए ला देहल भुमीका निर्वाह कइल आस्पातालमे इहे १८ गतेसे बहिरगं सेवा सुरु होइ ।

इ खबर सुनके स्थानीय लोग खुसी जाहिर कईले बा ।

Leave a Reply