सिमरौनगढ नगरपालिकामे बितल रातके मोटरसाइकल दुर्घटना मे एगो आदमीके जान गइल बा । पचरौता नगरपालिका –३ के २६ बरिस के प्रदिप साह कलवारके सिम्रौनगढ नगरपालीका–९ वसवरिया स्थित नहरमे मोटरसाइकल दुर्घटना भइला पर जान गइल बा ।
भारत, मोतीहारी थाना निवासी गगन महतो नुनिया चढल बिआर ०५ वाई ५५७८ नम्बरके मोटरसाइकल आ कलवार चढल बिआर ०५ एल ७०८३ नम्बरके मोटरसाइकल एक दुसर मे ठोकइला पर कलवारके प्रान गइल बारा पुलिस के प्रवक्ता पुलीस नायब उपरिक्षक गौतम मिश्र बतइलन ।
कलवारके कलेया अस्पतालमे इलाज के समय मे जान गइल रहे । दुसर मोटरसाइकल ड्राइभर २३ वर्षके नुनिया जखमी बाडन । उनकर सिमरौनगढ स्थित कङ्काली पोलि क्लिनिकमे इलाज हो रहल पुलिस बतइले बाडन ।