निषेधाज्ञा के चलते वीरगंज महानगरपालिका मे भी सामाजिक सुरक्षा अनुदान बाटेवाला काम प्रभावित भइल बा ।
निरन्तर निषेधाज्ञा चलला के चलते बैंकसब सामाजिक सुरक्षा अनुदान बाटेमे कवानो वास्ता नइखे देखइले । वीरगंज महानगरपालिका १० दिन आगे सामाजिक सुरक्षा अनुदान के रकम तोकल बैंकके खातामे पठादेले बा । बाकिर बैंकसब काम करेवाला स्टाफसब कम बा कहके सामाजिक सुरक्षा के अनुदान रकम सेवाग्राही के खातामे दाखिला नइखे कइले जेकरा चलते अभिन बाटेवाला काम आगे बढे नईखे सकल ।
वीरगंज महानगरपालिकामे १२ हजारसे जादाके सामाजिक सुरक्षा अनुदान देवल जाला । महानगरके पुराना वडासब मे नेपाल बैंक लि., सिटी अफिस सामाजिक सुरक्षा अनुदान खातामे दाखिला नाभइला के चलते बाटेवाला काम नाहोसकल बतइलन । स्टाफके अभाव से खातामे रकम दाखिला नाहोसकल बैंक जानकारी दिहले बा । निषेधाज्ञा भइलाके बाद भी सामाजिक सुरक्षा अनुदान बैंकमे आइल बा कहके रोजरोज बैंक आएबाला वृद्धवृद्धा, अपाङ्ग, एकेला औरत सब खालीए फिर के जात बा ।
ग्रामीन क्षेत्रमे भी इहे समस्या बा । स्टाफ के अभाव देखावत बैंक एकेगो वडाके सामाजिक सुरक्षा अनुदान मिलेवाला सबके हप्तोतक बाटते आइल बा । ग्रामीन क्षेत्रमे धीरा भइला पर भी सामाजिक सुरक्षा अनुदान बाटात बा त महानगरके बैंकसब इ प्रक्रिया सुरु नइखे करे सकल लोग ।