डाक्टर स्ट्रेंज फिल्म २०१६ मे आइल रहे आ डाक्टर स्ट्रेंज इन द मल्टीवर्स आफ मैडनेस पार्ट २ ह ।
डाक्टर स्ट्रेंज इन द मल्टीवर्स आफ मैडनेस के ट्रेलर मार्वल स्टूडियो रिलिज करदेले बा । इ फिल्म मे बेनेडिक्ट कंबरबैच, स्टिफन स्ट्रेंज के रोलमे लउकिहन । आ इ रोल हाल हि मे लागल फिल्म स्पाइडरमैन नो वे होम मे भी देखेके मिलल रहे ।
मार्वल स्टूडियो के इ फिल्म ६ मइ २०२२ के सिनेमा घरमे रिलिज होइ । डाक्टर स्ट्रेंज इन द मल्टीवर्स आफ मडनेस कुछ हि महिना मे सिनेमाघर मे आइ ।
इ फिल्म के ट्रेलर स्पाइडरमैन नो वे होम के लास्ट मे देखाइले रहे । बाकिर अब मार्वल स्टूडियो इ फिल्म के ट्रेलर सोशल मिडिया पर फैंस के खातिर रिलिज करदेले बा ।