You are currently viewing आज होई तुनिषा शर्मा के अंतिम संस्कार, परिवार मौसी के करत रहे इंतजार

आज होई तुनिषा शर्मा के अंतिम संस्कार, परिवार मौसी के करत रहे इंतजार

भोआ, १२ पुष,

टीवी एक्ट्रेस तुनिषा शर्मा ९ गते के दिन आपन जान ले लेले रहली । आज मंगर  के उनकर अंतिम संस्कार बा । तुनिषा अपना को-एक्टर शीजान खान  संगे ब्रेकअप के वजह से आत्महत्या कइले रहली । ऊ शो ‘अली बाबा: दास्तान-ए-काबुल’ के सेट पर मौत के गले लगा लेले रहली ।

एतवार के तुनिषा के अंतिम संस्कार हो गइल रहित, बाकिर एक्ट्रेस के मौसी मुंबई ना पहुंच पाइल रहली । अब परिवार एगो स्टेटमेंट जारी कर के लोगन के इंफोर्म कइले बा कि, आज तुनिषा के अंतिम संस्कार होई ।

स्टेटमेंट के मोताबिक, “हमनी के प्यारी तुनिषा शर्मा बहुत दुख से ई बतावे के पड़ रहल बा कि, तुनिषा शर्मा सनिचर के हमनी के छोड़के चल गइली ।” शीजान तुनिषा के एक्स बॉयफ्रेंड रहल । ओह लोगन के मुलाकात एही साल में टीवी शो ‘अली बाबा: दास्तान-ए-काबुल’ के शूटिंग के दौरान भइल रहे । मिलल जानकारी के मोताबिक, ओह लोगन के बीच लद्दाख ट्रिप पर नजदीकी बढ़ल रहे आ ऊ एक दुसरा के डेट करे लागल रहे लोग ।

Leave a Reply