रौतहट जिला प्रशासन के दफ्तर जेठ २६ गते रात तक निषेधाज्ञा जारी कइले बा । बुधके खबर जारी करके जेठ २६ गते रातके १२ बजेतक के खातिर निषेधाज्ञा बढइले बा ।
रौतहटके प्रमुख जिला अधिकारी इन्द्रदेव यादव जिलामे निषेधाज्ञा से कोरोणा सङ्क्रमण के स्तर घटला से निषेधाज्ञाके निरन्तरता देवल जाता बतइलन ।
सर्लाहीमे २५ गते तक बढल
सर्लाही जिला प्रशासन के दफ्तर जेठ २५ गते तक निषेधाज्ञा बढवले बा ।
प्रमुख जिला अधिकारी हेमराज तामाङ सोमार के चौथाबेर निषेधाज्ञाके समय थप कइलन ।
जिलामे कोरोना सङ्क्रमण बढलासे कोभिड सङ्कट व्यस्थापन केन्द्र प्रमुख जिला हाकिम के निषेधाज्ञाके समय बढावेके निर्नय कइला के बाद जिला प्रशासन के दफ्तर, सर्लाही निषेधाज्ञा बढाइले बा । जेकर मुताविक निषेधाज्ञा जेठ २५ गते रात के १२ बजे तक कइल बा । स्थानीय प्रशासन के जारी करल कोभिड–१९ सङ्कट व्यवस्थापन अध्यादेश–२०७८ बमोजिम निषेधाज्ञामे जादा कडाइ करेके कहल बा । निषेधाज्ञा उल्लङ्घन करेबाला पर कारवाहि करेके सुरक्षाकर्मी के आदेश देवल बा ।
निषेधाज्ञा उल्लङ्घन करेवाला के एक बरिस जेल भा ५ लाख रोपेया जरिवाना भा दुनु सजाय करेके प्रमुख जिला के हाकिम लामाङ बताइले बाडन ।