राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के अध्यक्ष मोहन भागवत आजु थाईलैंड में होखे वाला तिसरका विश्व हिन्दू सम्मेलन के उद्घाटन करीहें ।
एह सम्मेलन में विचारक, कार्यकर्ता आ नेता लोग चरचा करी आ दुनिया भर में हिन्दू लोग के सामने आवे वाला मुद्दा आ चुनौतियन के समाधान खोजी । चार साल में एक बेर होखे वाला एह सम्मेलन के तीसरा संस्करण के थीम जयस्य आयतनम धर्मः के रूप में रखल गइल बा, मतलब धर्म विजय के निवास होई ।
सम्मेलन के तहत मूल्य, रचनात्मकता अवुरी उद्यमिता के भावना के संप्रेषण खातीर सात समानांतर सम्मेलन के आयोजन भी कईल जाई ।