You are currently viewing मेसी के वर्ल्ड कप फाइनल जर्सी के नीलामी होई, 83 करोड़ मिले के बा उम्मीद

मेसी के वर्ल्ड कप फाइनल जर्सी के नीलामी होई, 83 करोड़ मिले के बा उम्मीद

भोआ, ६ अगहन,

फीफा फुटबॉल वर्ल्ड कप 2022 विजेता टीम के कप्तान लियोनल मेसी के टूर्नामेंट में पहिनल गइल 6 जर्सी नीलाम कइल जाई । मेसी के फाइनल में पहिनल गइल जर्सी के 83 करोड़ मिले के उम्मीद बा ।

एकरा पहिले माराडोना के हैंड ऑफ जर्सी 2022 में नीलामी में 74.14 करोड़ में बिकल रहे । जवन कवनो फुटबॉल खिलाड़ी के सबसे महंगा बिके वाला जर्सी रहे । लियोनल मेसी के जर्सी के नीलामी न्यूयॉर्क में सोथबी करी ।

सोथबी सोमार के कहलस कि ऊ अर्जेंटीना के कप्तान लियोनेल के कतर में पहिनल गइल सात जर्सियन में से छव के न्यूयार्क में बिक्री खातिर रखले रहे । एमे ऊ जर्सियो सामिल रहे, जवन ऊ फ्रांस के खिलाफ फाइनल में ऐतिहासिक जीत के दौरान पहिनले रहस । मेसी टूर्नामेंट में सब 7 मैच खेलले रहस । उनकर 3 लीग मैचन में पहिनल गइल एगो जर्सी नीलामी में सामिल नइखे । काहेकि ऊ ऑस्ट्रेलिया के सदस्य कैमरन डेवलिन के संगे जर्सी के अदला-बदला कइले रहस ।

Leave a Reply