अक्सर मुंह से बदबू आवे के चलते दोस्त के सोझा शर्मिंदगी महसूस करे के पड़ेला, एहसे हमनी के कुछ घरेलू उपाय बतावत बानी, जवना के चलते कुछ दिन में गंध खतम हो जाई ।
मुंह से बदबू आवे के समस्या अयीसन समस्या ह जवना के सीधा असर आत्मविश्वास पे पड़ेला । आम तौर पे इ समस्या ओरल हाइजीन के ध्यान ना राखे के चलते शुरू होखेला । नियमित रूप से दांत के साफ ना कईल, कुछ खईला के बाद कुल्ला ना कईल चाहे मसूड़ा के ठीक से देखभाल ना कईला से इ समस्या हो सकता । लेकिन चिंता करे के जरूरत नईखे, कुछ आसान घरेलू उपाय अपना के आप ए समस्या से छुटकारा पा सकतानी (गंध से छुटकारा पाईं) ।
कबो-कबो दांत में फंसल खाना मुंह से बदबू आवे के कारण होखेला । नियमित रूप से पानी पियला से साफ हो जाला, जवना के चलते बदबू के समस्या दूर हो सकता । नियमित रूप से पानी पियला से स्वास्थ्य खातीर भी फायदेमंद होखेला ।
आप अपना रोजमर्रा के काम में ग्रीन टी के शामिल क के भी ए समस्या से छुटकारा पा सकतानी । ग्रीन टी में मौजूद जीवाणुरोधी गुण मुंह में पावल जाए वाला बैक्टीरिया के प्रभावी ढंग से खतम करे में मदद करेला ।
हर भोजन के बाद सौंफ खाए के आदत बनाईं । एकरा से मुंह से बदबू से छुटकारा मिले के संगे पाचन में सुधार होखेला । अमरूद के मुलायम पत्ता के चबा के भी मुंह के स्वास्थ्य बेहतर होखेला ।