भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल सुपरस्टार पवन सिंह आ डिंपल सिंह के नाया गाना आइल बा ।
पवन सिंह भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के हिट कालाकार मेसे एक हवन । उ आपन जन्मदिन ५ जनवरी के मानावेलन । पवन सिंह आपन भोजपुरी गाना के आपन आवाज मे हिट बनावेलन । आपन जन्मदिन पर डिंपल सिंह के साथे फैंस के खास तोफा देले बाडन ।
पवन सिंह आ डिंपल सिंह के नाया गाना के नाम ‘आ जइहे पांच के’ ह । ई गाना सोशल मिडिया पर जमके भाइरल हाता । ई गाना के युटयुब पर जे. पि. पिक्चर भोजपुरी चैनल पर रिलीज करल बा ।
गाना बनाए मे भोजपुरी सिंगर अनुपमा यादव उनकर साथ देले बाडि आ पवन सिंह के साथे अभिनेत्री डिंपल सिंह जबरदस्त अन्दाज मे बाडि । गाना के बोल रौशन सिंह आ विश्वास लिखले बा । आ म्यूजिक प्रियांशु सिंह देले बाडन ।