You are currently viewing साउथ के सुपरस्टार ‘महेश बाबू’ कोरोना के चपेट मे अइलन

साउथ के सुपरस्टार ‘महेश बाबू’ कोरोना के चपेट मे अइलन

भोआ, २३ पुस,

साउथ इंडस्ट्रीके जानलमानल सुपर स्टार महेश बाबू कोरोना संक्रमित भइल बाडन । महेश बाबू एगो पोस्ट सेयर करके लोगन के कोरोन वैक्सीन लागावे बात कहले बाडन ।

देश बिदेशमे कोरोना वायरस फेर जनता के आपन चपेट मे लीहल सुरु करदेले बा । रोज हाजारो के संख्या मे कोरोना संक्रमित मिलता । जेमे बाँलीवुड के सितारा भि सामिल बा । अब साउथ फिल्म इंडस्ट्रीके सुपर स्टार महेश बाबू भि कोरोना के चपेट मे बाडन । ई जानकारी महेश बाबू सोशल मीडिया के जरिए फैंस के देले बाडन । महेश बाबू सोशल मीडिया पर बतइलन कि पहिलका कुछ दिनमे जेतना लोग उनकरा से मिलल बा उलोग के कोरोना टेस्ट कराएके निहोरा कइलन ।

उ आपन इंस्टाग्राम अकाउंट पर एगो नोट सेयर कइले बाडन जेमे बतइलन सब सावधानी अपनइला के बाद भि हमर टेस्ट पोजिटिव आइल बा । जेतना लोग अभिन तक वैक्सीन नइखे लेले, उ वैक्सीन लागाल काहेकि आस्पताल मे भर्ती होए के जोखीम कम होजाए ।

Leave a Reply