You are currently viewing नासा के आर्थिक हालत बिगड़ गइल ? चंद्र मिशन में वापसी

नासा के आर्थिक हालत बिगड़ गइल ? चंद्र मिशन में वापसी

भोआ, ४ सावन,

अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा आपन चंद्र रोवर मिशन रद्द करे के एलान कइले बा । एकरा खातिर ऊ बजट में बढ़ोतरी आ लॉन्च में देरी के हवाला देले बाड़े ।

नासा (राष्ट्रीय एयरोनॉटिक्स एंड स्पेस एडमिनिस्ट्रेशन) बिअफे के चंद्रमा पर रोवर उतरे के मिशन रद्द करे के एलान कइलख । एकरा खातिर अंतरिक्ष एजेंसी लागत में बढ़ोतरी आ प्रक्षेपण में देरी के हवाला दिहलस ।

एजेंसी के मून एक्सप्लोरेशन प्रोग्राम खातिर एकरा के एगो बाड़का झटका मानल जा रहल बा । नासा के मुताबिक अब तक ए मिशन के विकास पर करीब ४५ करोड़ डॉलर खर्च कइले बा ।

नासा के साइंस मिशन निदेशालय के एसोसिएट एडमिनिस्ट्रेटर निक्की फॉक्स कहली कि, “एह तरह के फैसला कबहूँ आसान ना होखेला ।” रद्द कर दिहल गइल । ना त ओह लोग के रोके के पड़ी ।”

एह रोवर के २०२३ में एस्ट्रोबोटिक टेक्नोलॉजी के ओर से उपलब्ध करावल लैंडर पर लॉन्च करे के योजना रहे । बाकी, २०२२ में नासा २०२४ के अंत तक प्रक्षेपण में देरी करे के बात कइलस, ताकि ग्रिफिन लैंडर वाहन के प्रीफ्लाईट टेस्टिंग खातिर अउरी समय मिल सके । एकरा बाद लॉन्चिंग के तारीख सितंबर २०२५ तक बढ़ा दिहल गइल । जबकि एह मिशन के लागत बढ़ के ६०६.६ मिलियन डॉलर होखे के अनुमान लगावल गइल रहे ।

श्रोत: खबर भोजपुरी

Leave a Reply