शरीर के गर्मी अउरी पानी के कमी से बचावे खातीर हमनी के अयीसन खाद्य अउरी पेय पदार्थ के सेवन करेनी, जवन कि हमनी के शरीर के हाइड्रेटेड राखेला । काहे कि डिहाइड्रेशन के चलते शरीर के बहुत समस्या से गुजरे के पड़ेला ।
गर्मी के मौसम में खीरा के सेवन से स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद मानल जाला । हमनी के धीरे-धीरे गर्मी के ओर बढ़ रहल बानी जा । आ जइसे-जइसे गर्मी के मौसम नजदीक आवत जाला, हमनी के सब केहू हेल्दी ड्रिंक के ओर अधिका झुकेनी जा ।
शरीर के गर्मी अउरी पानी के कमी से बचावे खातीर हमनी के अयीसन खाद्य अउरी पेय पदार्थ (समर ड्रिंक) के सेवन करेनी, जवन कि हमनी के शरीर के हाइड्रेटेड राखेला । काहे कि डिहाइड्रेशन के चलते शरीर के बहुत समस्या से गुजरे के पड़ेला । निर्जलीकरण से बचे खातिर आप खीरा के रस के सेवन क सकतानी । खीरा के रस के सेवन से शरीर के बहुत समस्या से बचावल जा सकता । काहे कि विटामिन ए, विटामिन के, फाइबर अउरी प्रोटीन जईसन तत्व खीरा में पावल जाला ।
गर्मी में निर्जलीकरण से बचे खातिर आप रोज खीरा के रस के सेवन क सकतानी । काहे कि खीरा में पानी के मात्रा बहुत जादा होखेला, जवना से शरीर में निर्जलीकरण के रोकल जा सकता ।
अगर आप पाचन अउरी कब्ज जईसन समस्या से परेशान बानी त आप खीरा के आहार में शामिल क सकतानी । खीरा के रस के सेवन से पेट फूलल, एसिडिटी जईसन समस्या में राहत मिल सकता ।
खीरा कम कैलोरी वाला खाना ह जवन वजन कम करे में मददगार होखेला । अगर आप वजन कम कईल चाहतानी त आप अपना आहार में खीरा के सलाद चाहे जूस के शामिल क सकतानी ।