भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री अब धिरे–धिरे मेनस्ट्रीम सिनेमा मे अपन जगहा बनावत बा । हरमेशा अश्लीलता के आरोप झेले बाला यी इंडस्ट्री के खातिर एगो निमन खबर बा ।
इंडिया टाँप म्यूजिक भीडियो मे नंबर १ पर पुष्पा फिल्म के श्रीवल्ली, नंबर २ आ ३ पर ओ आथिया, ४ पर सम्मी जइसन गाना के बीचमे भोजपुरी इंडस्ट्री के भी गाना चार्ट बास्टर में आपन जगह बनइले बा । जाहाँ पिछलका हप्ता (राजा जी खून कई द) १५ वा नंबर पर रहे उहे यी हप्ता ११ वा नंबर पर आगइल बा ।
एकरे साथे (रेलिया रे) गाना २५ वा स्थान पर से १५ वा स्थान पर आगइल बा । यी दुगो गाना मे खास बात यी बा कि यी दुनु गाना के सिंगर शिल्पी राज गइले बाडि ।
वोर्ल्डवाइड रिकार्ड मे भोजपुरी से रिलीज (राजा जी खून कई द) के ३७ मिलियन आ ३ लाख पाँच हजार लाइक मिलल बा, त उहे (रेलिया रे) गाना के २३ मिलियन आ २ लाख ३१ हाजार से जादा लाइक मिलल बा ।