हालही में भाइल तुनिशा शर्मा के मौत के सदमा अभीन फिल्म उद्योग के लोग बर्दास नाइ कर पवले रहनें कि अब एगो अउर मौत के खबर सामने आ रहल बा । अब छत्तीसगढ़ के रायगढ़ के रहे वाली 22 साल के सोशल मीडिया इन्फ्लुएंसर लीना नागवंशी आत्महत्या कर लिहले बाड़ी ।
लीना के मौत के सब के सदमा लागल बा । उनके परिवार के लोग भी डेराइल बानें लोग अउर सदमा में बा । पुलिस भी एह मामिला के जांच कर रहल बा कि आखिर लीना अइसन काहे कइली ।
22 साल के सोशल मीडिया इन्फ्लसुएंसर के मौत के एक बेर फिर सब के सदमा लागल बा । ऊ सोशल मीडिया पर खूब एक्टिव रहत रहली अउर उनकर अच्छे खासे फैन फॉलोइंग भी रहल । मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार लीना अपने घर में फांसी लगा के आत्महत्या कर लिहले बाड़ी । एह मामिला के जांच चक्रधर नगर थाना क्षेत्र द्वारा कइल जा रहल बा ।