You are currently viewing खेसारी लाल यादव के फिल्म मे भइल भोजपुरी के दमदार विलेन के एंट्री

खेसारी लाल यादव के फिल्म मे भइल भोजपुरी के दमदार विलेन के एंट्री

भोआ, ३० भादो,

भोजपुरी स्टार खेसारी लाल यादव आजकाल फिल्म ‘संघर्ष २’ के लेके चर्चा मे बाडन । एकर दुसरका शेड्युल के शूटिंक बैंकाक मे करल गइल बा । अब इह फिल्म मे भोजपुरी के जानल मानल एक्टर आ गुंडा संजय पांडे के भी एंट्री हो गइल बा ।

संघर्ष २ के शूटिंग के खातिर संजय पांडे गोरखपुर भि पहुच गइल बाडन । एकर बारेमे उह खुद इंस्टाग्राम पर फोटो के शेयर करके बतइलन । आ खेसारी लाल के साथे फोटो सेयर कइले बाडन ।

संजय पांडे आपन कामेडी आ भिलेन के किरदार के खातिर जानल जाएलन । आ अब उनकर दमदार एंट्री के चलते फैंस फिल्म के लेके अउर जादा एक्साइटेड बा ।

Leave a Reply