You are currently viewing गरमी में जल्दी खट्टा हो जाला दही, लंबा समय ले फ्रेश रखे खातीर फॉलो करीं आसान टिप्स

गरमी में जल्दी खट्टा हो जाला दही, लंबा समय ले फ्रेश रखे खातीर फॉलो करीं आसान टिप्स

भोआ, ४ आसाढ,

तेज गरमी के चलते कुछ खाद्य पदार्थ के खराब होखे से बचावल बहुत मुश्किल हो जाला । गरमी में फ्रिज में दही रखला के बाद भी मात्र एक-दू दिन में खट्टा होखे लागेला । अगर रउआ भी बार-बार एह समस्या के सामना कर रहल बानी त आज हमनी के एह समस्या के कुछ समाधान के बारे में बतावे जा रहल बानी जा ।

अक्सर लोग खाद्य सामग्री के ठीक से स्टोर ना करेले जवना के चलते खाद्य पदार्थ लंबा समय ले ना चलेला आ खराब हो जाला । अगर रउआ दही के सही तरीका से संग्रहित करीं त उह बहुत दिन ले ताजा रह सकत बा । दही के भंडारण के कुछ सही तरीका के बारे में नीचे देहल बा उहो पढी ।

जवना बर्तन में दही राखब, ओकरा के झापाल मत भूलीं । बर्तन के झप के फ्रिज में रखला से रउआ दही के शेल्फ लाइफ बढ़ा सकेनी ।

का रउरा स्टील भा प्लास्टिक के बर्तन में दही राखेनी ? अगर हाँ त अब दही के भंडारण खातिर कांच के बर्तन के इस्तेमाल करे के चाही । कांच के बर्तन दही में खट्टापन के विकास के रोकेला ।

एह तपत गरमी में दही के बहुत देर तक बहरी छोड़ल ठीक ना होखेला । गरमी के चलते दही जल्दी खराब हो जाई । अगर रउआ दही खरीदले बानी त ओकरा के कांच के बर्तन में डाल के तुरंत फ्रिज में राखे के चाही ।

Leave a Reply