प्राचिन काल से जुडल कहानी जानल हर केहू के पसंद हवे । पौराणिक गथा पर बनल महाभारत के कहानी भी अइसने बा जेसे आदर्श नीतियों के उदाहरण आजुओ कई विशेष मुद्दा पर दिहल जाला । एकर कहानी कुछ एह तरे लिखल बा कि इह लइकन, युवा से ले के बुजुर्ग भी देखल पसंद करी । अइसन में महाभारत के सीरीज जल्दिए दर्शक एगो नयका सिरा से वैश्विक मंच पर देख सकी ।
दरअसल ओटीटी प्लेटफार्म दर्शकन खातिर पौराणिक गथा महाभारत पर एगो बडका सीरीज बनावे के एलान कइल गइल बा ।
डिज्नी प्लस हाटस्टार के हेड आफ कंटेंट प्रमुख गौरव बनर्जी बतवले बाडन । की महाभार पर एगो मेगा बजट वेब सीरीज बनावेके एलान करत बतवले कि ई सीरीज मूल रुप से हिंदी मे बनी, लेकिन ई सगरी भाषा मे उपलब्ध होई ।