रानी चटर्जी कहली कि, हम माधुरी दिक्षित के फैन हई । आ उनकरे देखके सब कुछ सिखले बानी । इहे बजह से हमरा से डांस निमनसे होखेला ।
उनकर कहनाम बा कि, केतना लोग शरीर से डांस करेला त केतना लोग दिमाग से डांस करेला बाकिर माधुरी दिक्षित के देख के लागेला कि उ दिल से डांस करेली । अइसन लागेला कि उनकर शरीर रिदम पर डांस करेला ।
हम जेतना कुछ सिखले बानी माधुरी दिक्षित के हि देखके सिखले बानी । रानी चटर्जी कहली कि हम भोजपुरी इंडस्ट्रीमे बदलाव लीआवे के चाहत बानी । हम एक्टर के भि मौका देवेके चाहत बानी काहेकी गायक के त बहुत मौका मिलेला बाकिर एक्टर्स के मौका ना मिलेला ।