You are currently viewing अवतार २ के पोस्टर आगइल पानी मे होइ सीन

अवतार २ के पोस्टर आगइल पानी मे होइ सीन

भोआ, २ पुस,

बुलु रंगके जिवके काहानी बाला अवतार फिल्म जेकर साधारण काहानी भइला के बाद भी अपन विजुअल इफेक्ट्स के दम पर इंडस्ट्री मे बहुत जादा कमइले रहे । इ फिल्म बहुत पहिले सिनेमा घरमे आइल रहे । अब अवतार फिल्म के फैंस के खातीर बडका खबर सामने आइल बा । अवतार २ फिल्म १६ दिसंबर २०२२ मे रिलीज होइ ।

डाएरेक्टर जेम्स कैमरुन फिल्म अवतार २ के पोस्टर सोशल मिडिया पर डाल देले बाडन । आ सोशल मिडिया के जरीए बतइलन कि इ फिल्म के सब सिन पानी के भितर शूट होइ । डायरेक्टर जेम्स कैमरुन सोशल मिडिया पर बहुत फोटो डालले बाडन बाकिर एगो फोटो मे जेम्स पहिलका फिल्म के ड्रैगन गनशिप के फ्लाइट डेक पर जनरल अर्डमोर के संगे लउकल बाडन । आ आउर सब फोटो के देखते लागता कि फिल्म के शुट पानी मे भइल बा ।

Leave a Reply