बिहार के समस्तीपुर में एक बेर फेरु बेखौफ बदमाश कानून के अवहेलना करत कोर्ट परिसर में अंधाधुंध गोलीबारी कईले । एह दौरान चार गो बदमाश पेशी खातिर आइल दू गो कैदियन के गोली मार के घवाहि कर दिहले । दिनदहाड़े फायरिंग के घटना के बाद कोर्ट परिसर में अराजकता मच गईल । हड़बड़ी में घायल दुनो कैदी के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज चलता ।
घायल कैदी के पहचान चकमेहसी थाना क्षेत्र के अंतर्गत चकहैदर गांव के प्रभात कुमार चौधरी अउरी मुफस्सिल थाना क्षेत्र के प्रभात तिवारी के रूप में भईल बा । बतावल जाता कि शराब के मामला में काल्ह प्रभात चौधरी अउरी उनुकर साथी के कोर्ट में पेश कईल गईल । कोर्ट हाउस से कोर्ट रूम में ले जाके चार अपराधी अंधाधुंध गोली चलावत दुनों के घायल क देले । दिनदहाड़े कोर्ट परिसर में गोलीबारी के घटना से लोग घबराहट में बाड़े उहें पुलिस व्यवस्था पर भी सवाल उठता ।
घायल कैदी प्रभात चौधरी अस्पताल में इलाज के दौरान बतवले कि अचानक अपराधी हमनी पर गोली चलावे लगले, जवना में एगो गोली हमरा जांघ में लागल अवुरी एगो गोली हमरा दोस्त के भी लागल । प्रभात बतवले कि उनुका कोर्ट में हाजिरी रहे, जवना के दौरान हमला भईल । दूसर ओर प्रभात चौधरी के वकील चंदन कुमार सिंह कहले कि ए हमला में प्रशासन के कवनो शीघ्रता ना रहे, एकरा में पूरा तरीका से प्रशासन के गलती बा । एतना पुलिस बल के बीच अपराधी गोली मार के बहुत आराम से निकल गईल ।